तस्वीर जिन्दगी के · May 14, 01:58 AM
कबहूँ लिखा सकल ना तहरीर जिन्दगी के
कबहूँ पढ़ा सकल ना तकदीर जिन्दगी के
केहू निखोर देले बा घाव सब पुरनका
आवँक में आ रहल ना दुख – पीर जिन्दगी के
जब – जब भरेला छाती साथी के घात से
तब देला सकून आँखिन के नीर जिन्दगी के
गोदी से लेके डोली, डोली से लेके अर्थी
अतने में बा समूचा तस्वीर जिन्दगी के
तहरे बदे रहत बा पागल परान ‘भावुक’
तूहीं हिया के थाती, जागीर जिन्दगी के
You can Listen this song in Bhawuk’s Voice Here
— Manoj Bhawuk
Commenting is closed for this article.