शेर जाल में फँस जाला तऽ सियरो आँख देखावेला · May 14, 01:54 AM
शेर जाल में फँस जाला तऽ सियरो आँख देखावेला
बुरा वक्त जब आ जाला तऽ अन्हरो राह बतावेला
कबो-कबो होला अइसन जे छोटके कामे आवेला
देखीं ना, सागर, इनार में, इनरे प्यास बुझावेला
सूरज से ताकतवाला के बाटे दुनिया में , बाकिर
धुंध, कुहासा, बदरी, गरहन उनको ऊपर आवेला
कबो-कबो होला अइसन जे सोना उहँवे निकलेला
बदगुमान में लोग जहाँ पर लात मार के आवेला
पास रहेलऽ तब तऽ तहरा से होला रगड़ा-झगड़ा
दूर कहीं जालऽ तऽ काहे तहरे याद सतावेला
पटना से दिल्ली, दिल्ली से बंबे, बंबे से पूना’
भावुक’ हो आउर कुछुवो ना, पइसे नाच नचावेला
You can Listen this song in Bhawuk’s Voice Here
— Manoj Bhawuk
Commenting is closed for this article.