माई : भोजपुरी गीत · May 13, 11:16 PM

Manoj Singh Bhawuk

बबुआ भइल अब सेयान कि गोदिये नू छोट हो गइल
माई के अंचरा पुरान , अंचरवे में खोट हो गइल

गुटु- गुटु गोदिया में दूध-भात खाइल
मउनी बनल अउरी भुइयाँ लोटाइल ।
नेहिया – दुलरवा के बतिया बेकारे——
टूटल पिरितिया के डोर कि मन में कचोट हो गइल ।

‘चुलबुल चिरइया’ में बबुआ हेराइल
बोले कि बुढ़िया के मतिये मराइल ।
बाबा के नन्हकी पलनिया उजारे ——
उठल रुपइया के जोर जिनिगिये नू नोट हो गइल ।

भरल-पूरल घरवा में मन खाली-खाली
दियरी जरे पर मने ना दीवाली ।
रतिया त रतिया ई दिनवो अन्हारे ——
डूबल सुरूज भोरे- भोर करेजवे में चोट हो गइल ।

-मनोज “भावुक”
लंदन

You can Listen this song in Bhawuk’s Voice Here

— Manoj Bhawuk

---

Commenting is closed for this article.