दुनिया के पहिला भोजपुरी चैनल : पुरुवा टी0वी0 · Jun 9, 02:03 AM

दुनिया भर के भोजपुरिहन के सपना अबकी बेर बुझाता कि सच हो जाई, देर से ही सही, लेकिन पहिला भोजपुरी चैनल के काम काज युद्ध स्तर पर जारी बा आ उम्मीद बा कि ई 2-3 महिन्ना के भीतर आपन सिग्नल बीम करे लागी। ई चैनल “पुरुवा टीवी” के नाम से चालू होखे जाता । पिछले सात-आठ महीना से अ उ र भी कई प्रयास भ इ ल लेकिन नीयत आ नियति ठीक ना रहे आ ऊ सब प्रयास सिरे ना चढ़ल। पुरुवा टीवी के सबसे बड खासियत ई बा कि एकर रचनात्मक निर्देशक के रूप में भोजपुरी गीत, कविता आ गजल के बादशाह मनोज भावुक के नियुक्ति हो गइल बा आ भोजपुरी के प्रति आपन योगदान देवे के खातिर भावुक जी आपन इन्जिनियरी के जमल जमावल कार बार छोड़ के पुरुवा टीवी के दिल्ली कार्यालय में नया नया कार्यक्रम के रेकार्डिन्ग आ तैयारी में जुट गइल बानी ।
पुरुवा टीवी के संस्थापक अध्यक्ष उत्तरप्रदेश के पुर्वान्चल क्षेत्र के निवासी श्री डी पी सिंह जी बानी । पुरुवा के सफ़लता खातिर बधाई सन्देश देवे वाले लोगन में भोजपुरी अभिनेता रविकिशन, अभिनेत्री रम्भा, अभिनेता ब्रजेश त्रिपाठी, अभिनेत्री रिन्कू घोष, संगीतकार उदित नारायण आ अन्य बहुत लोग शामिल बानी।
रीयल भोजपुरी के तरफ से पुरुवा टीवी के सफ़लता खातिर बहुते शुभकामना बा आ भरोसा भी बा कि ई चैनल जरूर कामयाबी के शिखर पर चढ़ी आ देश विदेश में भोजपुरिहन के भरपूर मनोरंजन करी।
अ उ र जानकारी खातिर पुरुवा के वेबसाइट पर जाईं सभे!
— Sri
Commenting is closed for this article.
हम तऽ माँगब : पद्मश्री शारदा सिन्हा का गाया विवाह गीत मनोज तिवारी के नया फिलिम "पूरब" आ गइल